Breaking News
Home / News / Celebrity News / फ्लॉप फिल्म से स्टार बनल मनोज बाजपेयी के राजनीति के बारे में तनिको जानकारी नईखे

फ्लॉप फिल्म से स्टार बनल मनोज बाजपेयी के राजनीति के बारे में तनिको जानकारी नईखे

बिहार के पूर्वी चंपारण के एगो छोट गांव से दिल्ली अवुरी फेर मुंबई पहुंचल मनोज बाजपेयी के सफर पहिले रंगमंच फेर टीवी अवुरी बाद में फिल्म तक पहुँच चुकल बा। महेश भट्ट के चर्चित टीवी सीरियल ‘स्वाभिमान’ (1995) में वकील के भूमिका निभावे वाला मनोज बाजपेयी के पहचान राम गोपाल वर्मा के ‘सत्या’ से मिलल।

647x8x100007021

मनोज बाजपेयी फिलहाल आतनु मुखर्जी के फिल्म ‘रुख़’ के प्रचार प्रसार में लागल बाड़े। इ फिल्म बहुत जल्दी देश भर के सिनेमा घर में रिलीज होखेवाली बिया।

अपना के फ्लॉप फिल्म से सुपर स्टार बनल कलाकार बतावे वाला मनोज बाजपेयी के कहनाम बा कि उनुका फिल्मी सफर में फ्लॉप फिल्म के भरमार बा। उ कहले कि बॉलीवुड में फिल्म के सफलता के पैमाना बॉक्स आॅफिस (कारोबार) तय करेला।

बाजपेयी कहले कि आपके फिल्म चाहे कतनो घटिया होखे लेकिन जदी उ 100 करोड़ रुपया कमा लिही त ओकरा के बढ़िया फिल्म मानल जाई। लेकिन आपके खूब बढ़िया फिल्म बॉक्स ऑफिस प फेल हो जाए त ओकरा के बेकार फिल्म कहल जाई।

उ कहले कि जहां फिल्म के बढ़िया चाहे खराब बतावे के फैसला ओकरा कमाई प तय होखत होखे, अयीसन इंडस्ट्री में अपना पसंद के फिल्म में काम करत बनल रहल बहुत मुश्किल काम बा। एहीसे हम हमेशा कहेनी कि हमार कैरियर फ्लॉप फिल्म से बनल बा।

 

Source : thebhojpuri

Check Also

best-frmaile

भोजपुरी फिल्‍म अवार्ड 2017 : आम्रपाली दुबे को बेस्ट एक्ट्रेस का अवार्ड मिला

भोजपुरी फिल्मो के जुबली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ और लकी अदाकारा आम्रपाली दुबे को …

One comment

  1. Manoj bhai se acting abhi sikho tumlog ……#acting